©इस ब्लॉग की किसी भी पोस्ट को अथवा उसके अंश को किसी भी रूप मे कहीं भी प्रकाशित करने से पहले अनुमति/सहमति अवश्य प्राप्त कर लें। ©

Monday 31 December 2012

कहवा चली गइलू बेटी हमार हो ---पूनम माथुर

कहवा चली गइलू बेटी हमार हो अँखिया से ओझल हो गइलू दुखवा देइके माई बाप ,भाई बहिन के रोअत छोड़िके  । सन 2012 अब त जा रहल बा हमरा तोहरा से ना मिले के संदेशवा दे के। काईसन निठुर रे सन 2012 रे हमार बेटी के निगल गइले रे। अब हम कइसे रतिया दिनिया काटब रे। हमार त करेजवा अइठ के चल गइलू हो। हम अपना के कइसे ढाढ़स बधाई हो।  तोहार तो कबनों कसूर ना रहे। नियति के काल तोहारा के खा गईल।

बेटी हो हमारा अपन कोख पर नाज बा कि तू दरिंदन से खूब लड्लू । तू त मर गइलू लेकिन ऊ दरिंदवन सब फांसी मांगत बाड़न स । डरे उ सबहन के हालत खराब । जेल मे कैदियों सबसे पीटातारन स । कुकर्म करे समय त अपना के सबसे ताकतवर समझत  रहन स । अब काहे डर लगल बा।

हमार आंखि से गंगा-जमुना बहरहल बा लेकिन तू हमार बेटी हऊ  एहसे हमारा कौवनों तरह के शरमीनदी नइखे । आज तोहरा वास्ते पूरा भारत वर्ष मे बलात्कार करे वालन के विरुद्ध कारवाई हो रहल बा। तोहार सहादत  बेजा ना जाई तोहार कुर्बानी बेकार  न होई देश भर तोहरा साथे  बाटे। अब समाज के बदले के पड़ी ।औरत के इज्जत आऊर सम्मान त देवे के ही पड़ी। समाज बदली। परमात्मा सृष्टि के रचना औरत आऊर मर्द के द्वारा ही करवावे के खातिर संसार के रचना कइले बाड़न। न कि बलात्कार के खातिर। दिमाग के विकृति के कारण ही त लोग इ सब काण्ड कर देवलन। इंका के ठीक करे के समाज मे चेतना लावे की चाही। हमरा अब कौवनों डर नइखे । बेटी हमार बहादुर रहन हिया। हम अपना बेटी के संस्कार दे ले रही।

हमार आंखि के लोर चूअल अब तब ही बंद हो जब कन्या भ्रूण -हत्या ना होई। सरकार,देश,समाज,परिवार के अब इहे दृढ़ संकल्प लेवे की पड़ी। तब हम समझब की हमार बेटी फिर से हमार कोख मे पल रहल बिया?हम तोहरा के बिदा नइखी कइले। तू त देश के बेटी हऊ। तू त युवा वर्ग के अंदर संस्कार आऊर संस्कृति के मशाल जला देहलू। तोहरा के पूरा देश के तरफ से नमन आऊर श्रद्धांजली।       

2 comments:

  1. बेटी हो हमारा अपन कोख पर नाज बा कि तू दरिंदन से खूब लड्लू । तू त मर गइलू लेकिन ऊ दरिंदवन सब फांसी मांगत बाड़न स । डरे उ सबहन के हालत खराब । जेल मे कैदियों सबसे पीटातारन स । कुकर्म करे समय त अपना के सबसे ताकतवर समझत रहन स । अब काहे डर लगल बा।
    .....
    तोहरा के पूरा देश के तरफ से नमन आऊर श्रद्धांजली।

    ReplyDelete
  2. बहुत सही बात कही है आपने .सार्थक भावनात्मक अभिव्यक्ति शुभकामना देती ''शालिनी''मंगलकारी हो जन जन को .-2013

    ReplyDelete